ए जोगी तानी हमरो से रचाई न व्याह
शिव जइसन लेके, दुआर हमरा आईं न बरात।
काटतानी खटिया पे रात बिना अब नींद के
भौजी भइल बारी सखी, झगड़ा सब पाछे के भूल के.
केकरा से जाके कह दीं दिल के बात
रहल – रहल टिस उठे, जब पीसे बैठेनि जाँत।
ए जोगी तानी हमरो से रचाई न व्याह
शिव जइसन लेके, दुआर हमरा आईं न बरात।
लागल बारन हमरा पीछे, छपरा के धुरंधर
चढ़ल हमार जवानी पे रचSअ तारान काव्य सुन्दर – सुन्दर।
हम त बानी अपना धरम पे
लेकिन डर बाटे फिर भी हो जाईं ना हम बदनाम।
ए जोगी तानी हमरो से रचाई न व्याह
शिव जइसन लेके दुआर हमरा आईं न बरात।
This poem describe the meaning of marriage as per what I have seen in Bihar and other part of India. But now people don’t give importance to marriage until they go to court to fight against their partner.
परमीत सिंह धुरंधर