बबुनी तनी धीरे
बबुनी तनी धीरे।
तहरा पे नजरिया लागल बा
तहरे से उमरिया बाझल बा.
तहरा उम्र में हम तितली रहनी
अरे अंगना -दुआर
खेत -बथान
सगरो एक ही टांग
पे नाचत रहनी।
अब त उमरिया ढलल बा
अब त देहिया नवल बा.
बबुनी तनी धीरे
बबुनी तनी धीरे।
तहरा पे नजरिया लागल बा
तहरे से उमरिया बाझल बा.
सूरज के उगला से पाहिले
अपना सास के बोलला से पाहिले
चौका -चुहानी, नाद-खलिहानी
चिकन कर के
रोटी तोड़नी।
की अब त
ना उ सकान बा
ना अब उ उड़ान बा.
बबुनी तनी धीरे
बबुनी तनी धीरे।
तहरा खातिर मागेम
दूल्हा सुन्दर
शिव के दुअरिया
आचार फैला के.
तहरे ललनवा खेला
के जाएम
यह माया -मोह छोड़ के.
अब त सोना भी भारी लागत बा
अब त तोता भी उड़ेल चाहत बा.
बबुनी तनी धीरे
बबुनी तनी धीरे।
परमीत सिंह धुरंधर