रे सखी, रे सखी, रे सखी
बाटे, आसमा में चाँद रे सखी
लागल दिल में घाव रे सखी.
उड़ गइल चिड़ैया डाल से
रह गइल बस घोषला।
कैसे बुझाईं, तू ही कह$?
मन के ताप रे सखी.
रे सखी, रे सखी, रे सखी
बाटे, आसमा में चाँद रे सखी
लागल दिल में घाव रे सखी.
दूयेगो दिन न खनकल कंगना
दूयेगो रात न बाजल पायलिया।
केकरा के देख के अब सुलगाई
चूल्हा के आग रे सखी.
रे सखी, रे सखी, रे सखी
बाटे, आसमा में चाँद रे सखी
लागल दिल में घाव रे सखी.
ना रहल मायका अब आपन
ना बनल ससुराल ही आपन
तहरा के छोड़ के, के-के सुनाई
दिल के हाल रे सखी.
रे सखी, रे सखी, रे सखी
बाटे, आसमा में चाँद रे सखी
लागल दिल में घाव रे सखी.
RSD