धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
ऐसे मत बाँध अ अंचरा के कमर से,
ढोरी पे तहार कौआ दावँ मार अ ता.
धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
भीगल तहार चोली में बाढ़ आइल बा,
छोटी सी पोखरा में ज्वार आइल बा.
ऐसे मत खोंस अ साया ऊपर करके,
कछुआ भी देख अ आँख मार अ ता.
धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
मत जलाव अ अपना जवानी के तू,
ऐसे दिन-रात एक प्राण के खातिर।
कभी सुस्ता भी ल बथानी में हमारा,
की खटिया हमार अब दू गो देह मांग अ ता.
धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
लचकत तहार कमरिया पगडण्डी में,
अरे मुखिया के घर तक भूचाल मार अ ता.
कब तक रख बू बाँध – बाँध के,
की चोली तहार अब दू गो हाथ मांग अ ता.
धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
आव अ बैठ अ पास तनी,
तहार रूप अब हमार साथ मांग अ ता.
रखें तहारा के आपन बनाके,
तहार अंग – अंग अब हल्दी के रंग मांग अ ता.
धोबन तहार जोबन उछाल मार अ ता,
दरिया के पानी में ताप मार अ ता.
परमीत सिंह धुरंधर
Like this:
Like Loading...