हलुआ – पूरी के सैया,
तनी दही गिड़ा के खा ल.
ससुरा में आइल बार अ.
तनी साली के संग खिला ल.
चुहानी से सास तहरे पे,
नजर रखतारी।
घड़ी – घड़ी ससुर,
ताहर हाल जोहतारन।
खटिया गिड़ा के सैयां,
कभी अंगना में भी सुस्ता ल.
ससुरा में आइल बार अ.
तनी साली के संग सुला ल.