पातर कमरिया पे गमछा लाल
मोछिया पे ताव जैसे चंद्रशेखर आजाद।
सखी, का करि आपन राजा के बखान
मार करे लिट्टी-चोखा पे आ, हमार
होंठवा के कहेलन आम के आचार।
RSD

कहाँ जइबू ले के ई जवानी गोरिया?
ताहार अंगिया भइल बा अंगार गोरिया।
दुगो नयना भइल कटार जइसन
वो पे ललकि गालिया लागेला कसार गोरिया।
चोलिया के ताहर रंग देख चटकार
धनकता सारा जवार गोरिया।
ले के चले लू जब पगडण्डी
ताहार देहिया लागेला सितार गोरिया।
आ जा आज हमारा बथान में
तहरा बिना ना जाइ हमार बुखार गोरिया।
पकाव आज बैंगन और खिचड़ी
तहारा हाथ से चोखा लागेला शराब गोरिया।
सोना-चाँदी से लाद देम देहिया
जहिया बोलबू हमारा के भतार गोरिया।
इ जुबान ह छपरा के बाबू साहेब के
जाने ला हमके सारा बिहार, गोरिया।
RSD
पियवा के प्यार में पागल भइल बिया
बिया कुँवार आ घायल भइल बिया.
चुग-चुग के दाना कंगाल कैलख
जाल में फंस के अब बीमार भइल बिया।
१६ ही साल में जवानी लेके
सारा खलिहान के इ धान भइल बिया।
चर -चर के चौरा, जवान भइल
अब खूंटा से बंध के बीमार भइल बिया।
नयना से बिया मासूम बड़ी
कमर से धमान के घाव भइल बिया।
rifle Singh Dhurandhar
छपरा के बाबूसाहेब लेके पिचकारी
निकलल बारन रंगे के धोबन तहार जवानी।
चाहे छुप ल, या कतनो तेल मल ल
अंग – अंग पे ताहार आज दिहन निशानी।
छपरा के बाबूसाहेब लेके पिचकारी
निकलल बारन रंगे के धोबन तहार जवानी।
साल भर से चल अ तारु मटक-मटक के
हर अ तारु दिल सबके नयना के चटक से
तहरा नस – नस में आज भाँग घोलाई।
छपरा के बाबूसाहेब लेके पिचकारी
निकलल बारन रंगे के धोबन तहार जवानी।
चाहे कूद ल, चाहे फाँद ल
चुनर -चोली आज ताहार दुनो रंगाई।
छपरा के बाबूसाहेब लेके पिचकारी
निकलल बारन रंगे के धोबन तहार जवानी।
कमरिया पे अपना हिला व् तारुन छपरा
सुगवा फाँस अ तारु लहरा के जोबना
बीच छपरा में आज तहार जोबना रंगाई।
छपरा के बाबूसाहेब लेके पिचकारी
निकलल बारन रंगे के धोबन तहार जवानी।
Rifle Singh Dhurandhar
धोबन ताहर जोबन उछाल मारअता
दरिया के पानी में ताप मारअता।
लुटातारु जवार के मंद – मंद मुस्का के
दुगो नैन तहार सबके करेजा काटअता।
कब तक करबू इंतिजार प्यार के
सुगवा हमार, ताहार राह देखअता।
Rifle Singh Dhurandhar
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन चुनर आ चोली पारा-पारी।
दउरा तारी आँगन से देख अ हाँ दुआरी
रह गइल कोठी के खुलल हाँ किवाड़ी।
बाबू साहेब लेके हाँ छपरा के पिचकारी
रंग अ तारन चुनर आ चोली पारा-पारी।
अरे भागल बारी खेता – खेती, जाके हाँ गाछी
बच्चा पूछ अ तारन सन कहाँ गइली माई?
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन चुनर आ चोली पारा-पारी।
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन साली आ सरहज पारा -पारी।
इ कहस जीजा जी, अब त रहे दी
उ कहस, पाहुन ऐसे ना भीतर डाली।
बाबू साहेब लेके हाँ छपरा के पिचकारी
रंग अ तारन चुनर आ चोली पारा-पारी।
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन मोटकी आ पतरकी पारा-पारी।
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन साया आ साड़ी पारा-पारी।
बाबू साहेब छपरा के, लेके पिचकारी
रंग अ तारन नयकी आ पुरनकी पारा-पारी।
Rifle Singh Dhurandhar
पप्पू जी हउअन हमार ड्राइवर
और पीया खलासी हो.
पप्पू जी हउअन हमार तेजतर्रार
और पीया अनाड़ी हो.
Rifle Singh Dhurandhar
पिया निर्मोहिया ना समझे ला दिल के
कैसे समझाईं सखी अपना ई दिल के?
दिन भर बैठकी मारेला छपरा में
दहकत बा देहिया हमार सेजिया पे.
परमीत सिंह धुरंधर
अरे झूठे कहेला लोग इनके निर्मोही
पिया बारन धुरंधर इह खेल के.
बिना उठईले घूँघट हमार
अंग -अंग चुम लेहलन अपना बात से.
परमीत सिंह धुरंधर
पिया कहलन हमरा से रात में
छपरा घुमायेम तहरा के साथ में
खइया कचौड़ी गांधी चौक पे
और जलेबी, बैठ के हमरा हाथ से.
परमीत सिंह धुरंधर