कोई अँचरा के हमार ना देख ले


तनी धीमा करीं आग के दुवरा पे,
कोई अँचरा के हमार ना देख ले.

पूछे लागल बारी राउर माई आजकल,
कहाँ जा तारु आधी रात के किवाड़ खोल के.

छोड़ दी आज खटिया के राजा जी,
बिछा लीं चटाई आज भुइयां में.

ना होइ इ खेला रोज – रोज अब हमरा से,
कब तक करीं इ झूठ और ढोंग सास – पतोह से।

जाप और योग करे सब कोई रउर – हमरा उम्र के,
बस हमरा के फँसाइले बानी रउरा इह पाप – कर्म में.

 

परमीत सिंह धुरंधर

माई हमके बड़ी सुनाई


हमरा खटिया, हमरा खटिया,
हमरा खटिया पे ए राजा जी,
ऐसे ना जोड़ लगाईं।
टूट जाइ एकर पाया त,
माई हमके बड़ी सुनाई।

रउरा खातिर देखि का – का करSतानी ,
मिलSतानी रोजे चोरा के,
आ केवाड़ रखSतानी खोली के.
हमरा अंगना में ए राजा जी,
ऐसे ना रात बिताईं।
चूड़ी जे जाइ खनक त,
माई हमके बड़ी सुनाई।

कहS तानी रउरा से,
की जल्दी से शादी कर लीं हाँ.
ना त छोड़ीं हमार पीछा,
हमरो के अब बसे दीं हाँ.
हमरा जोबना, हमरा जोबना,
हमरा जोबना के ए राजा जी,
ऐसे मत बढ़ाईं।
दरजी कर दी शिकायत त,
माई हमके बड़ी सुनाई।

 

परमीत सिंह धुरंधर

बिहारी : एक जंगली फूल


वक्त ने कुछ ऐसे
बिहारियों को बिखेरा है.
की कैलिफोर्निया से मारिसस तक
बस भोजपुर और भोजपुरिया का जलवा है.

जहाँ हर उम्मीद टूट जाती है
गहन अँधेरे के तले दब कर.
वहाँ भी हमने अपनी स्वर-संस्कृति-संगीत से
अपनी माटी का दिया जलाया है.

कुछ जलते हैं
कुछ हँसते हैं
कुछ हमें मिटाने की
हसरते पाले हैं.

मगर जंगली फूल ही सही
खुसबू विहीन, रंगहीन ही सही
हमने अपने खून -पसीने से
बंजर को भी गुलशन बनाया है.

 

परमीत सिंह धुरंधर

 

हमरे खटिया पे सवार रहलू


याद करअ जहियाह कुंवार रहलू,
अंग – अंग से तू हमार रहलू।
करवाचौथ के उपवास हमारा नाम पे
हर सोमारी सावन के हमरे खातिर करत रहलू।
शिव जी से हमरे के माँगत हर बार रहलू।
याद करअ जहियाह कुंवार रहलू,
अंग – अंग से तू हमार रहलू।

अइसन कउनो ना इतवार नागा भइल,
जब तू ना हमारा बथान में ओंघाइलु।
हमरा बैलन के तू ख़ास प्यार रहलू।
याद करअ जहियाह कुंवार रहलू,
अंग – अंग से तू हमार रहलू।
खोटत हमरे खेतिया के साग रहलू,
हमरे बगिया के कचनार रहलू।
हमरे खटिया पे सवार रहलू।
याद करअ जहियाह कुंवार रहलू,
अंग – अंग से तू हमार रहलू।

 

परमीत सिंह धुरंधर

हमारा जोड़ के कोई लइका


अंग – अंग खिल के कठोर भइल बा,
भौजी भैया से कह तनी ढूँढअस,
हमारा जोड़ के कोई लइका।
सखी – सहेली सब तहरा खानी,
जाके बइठ गइली अपना ससुरा,
केकरा संगे अब खेले जाईं सबके अँगना।

 

परमीत सिंह धुरंधर

जब बारू एक के खाट पे


लूट ले ब अ का हो सैयां आज एके रात में?
तानी त धीरज धर अ, अब त बानी उम्र भर तहरे साथ में.

अंग – अंग ताहर, खिलल- खिलल, हंसुआ के धार नियर,
कैसे रखीं धीरज रानी, तुहीं कह द, जब बारू एक के खाट पे?

त तोड़ दे ब अ का हो सैयां आज खटिया एके रात में?
तानी त धीरज धर अ, अब त बानी उम्र भर तहरे साथ में.

अंग – अंग ताहर, खिलल- खिलल, हंसुआ के धार नियर,
कैसे रखीं धीरज रानी, तुहीं कह द, जब बारू एक के हाथ पे.

 

परमीत सिंह धुरंधर

सैंया बना दे ता हर साल लरकोरी


सखी कैसे खेलीं होली?
सैंया बना दे ता हर साल लरकोरी।
अतना ना अब हो गइल बा झुलौना,
कोई कंधा पे कूदे, त कोई धइले रहे साड़ी।
रोजे रतिया पीया के कहेनी,
तनी रउरो सोची परिवार – नियोजन के,
त खटिया से कहेली सास,
अभी देखे के बा अउरो उनकरा पोता – पोती।
सखी कैसे खेलीं होली?
सैंया बना दे ता हर साल लरकोरी।

 

परमीत सिंह धुरंधर

कैसे खोल दी बटनिया राजा तहरा बथानी में?


बड़ा – बड़ा बाबूसाहेब बिछल गइलन एहि चोली पे,
कैसे खोल दी बटनिया राजा तहरा बथानी में?
एहि कमर के लचक पे बिक गइल,
कतना के मकान – जमीन पुश्तैनी रे,
कैसे उठा दी इ लहंगा राजा तहरा बथानी में?
दिन भर हाँके पीया हमार बैल पटवारी के,
रतिया में औंघा जाला ओहिजा वोकरे बथानी में.
अभियों कोरा बाटे ये जोबन हाँ हमार,
कैसे लुटा दी राजा अइसन जोगवल थाती के.

 

परमीत सिंह धुरंधर

खटमल बन गइल बा इ खाट रजऊ


रखलीं हमारा के रतिया में पास रजऊ,
की खटमल बन गइल बा इ खाट रजऊ.
चूसअता खून हमार अंग – अंग से,
पोरे – पोरे देता इ दाग रजऊ.
पूरा होत नइखे निंदिया कहियों हमार,
टूट जाता रोजे कच्चे ख्वाब रजऊ.
रखलीं हमारा के रतिया में पास रजऊ,
की खटमल बन गइल बा इ खाट रजऊ.
अइसे मत काटअ जवानी विरह में,
मिलल बा इ जीवन बड़ा ख़ास रजऊ.
कब तक रहेम सन बन के चाचा – चाची,
पलना में दे दीं एकठो लाल रजऊ.
ना त बुढ़ापा में हो जाएम टुअर – टॉपर,
छोड़ दीं इ सत्ता और ताज रजऊ.
रखलीं हमारा के रतिया में पास रजऊ,
की खटमल बन गइल बा इ खाट रजऊ.

 

परमीत सिंह धुरंधर

चोलिये में फँसल बा


तहार चोलिया के तोड़ के बटन रानी,
आज कहबू त हो जाइ खुले – आम रानी।
ऐसे भी जानअ ता सारा ई जवार रानी,
तहार चोलिये में फँसल बा हमार जान रानी।

 

परमीत सिंह धुरंधर