टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के


टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.
जे कोई भी गइल दर्द लेके उनकरा पास में-२
बैठे के कुर्सी देलन पाछे, ले लन पहिले दर्द बाँट के.

जन-जन के आँख में आंसू आइल इ समाचार पे
तनी और उमरिया देतन भगवान् अइसन लाल के.
टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.

टाटा नैनो लेके अइलन भारत के आपन शान पे
हार में भी जीत होला, खून ह ई चौहान के.
टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.

दूर -दूर तक केहू नइखे आगे-पीछे राह में
का अम्बानी-का महिंद्रा, बिरला भी बारां नाट रे.
टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.

कइलन काम बड़का-बड़का बिना फोकस झार के.
एगो रहलन विजय माल्या, गैलन मुँह के ढांक के.
टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.

विवाह से ज्यादा मजा बाते तनहा रात में
अनुशासन में बाँध ल अइसन, दुनिया कही भगवान् रे.
टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.

सूरज डूब जाइ त का ना होइ बिहान आज से?
अनुशासन में बाँध ल अइसन, दुनिया कही भगवान् रे.
पियलन शिव जी जब विष के प्याला, हरि कइलन प्रणाम रे.
का बिगारी अब कोई, जब भोलेनाथ बारन साथ में.

टाटा उ त रतन रहलन देश आ बिहार के -२
जेकरा से भी मिललन, मिललन आपन जान के.
जे कोई भी गइल दर्द लेके उनकरा पास में-२
बैठे के कुर्सी देलन पाछे, ले लन पहिले दर्द बाँट के.

RSD